Friday, 31 January 2020

सून कह के गइलऽ श्याम हमरी भवनवाँ,

No comments :

सून कह के गइलऽ श्याम हमरी भवनवाँ,
निरमोहिया भइल ए साँवरू।
तोहरो बतिया मतिया के मरलस,
इहे बाटे मन में घोराइल।
तोहरो बंसिया सपनवाँ में बाजेला,
अगिया लगावे एही तानवाँ।
द दरदिया देल अ ए साँवरू।
हमरो सुगनवाँ के भेंड़वा बनवलू
कइसन बाटे तोहार टोना।
ए कूबरो तू भोग ना पइबू
हमरा घर के सोनवाँ।
ए महूरवा भइलऽ ए साँवरू।
जवानी सुरतिया मन में बसल बा,
कवनो जतन से ना जाई।
ए ऊधो तू जा के कहिहऽ
अइसहीं बिताएब उमीरिया।
ए सपनवाँ भइल ए साँवरू।


No comments :

Post a Comment

{js=d.createElement(s);js.id=id;js.src=p+'://platform.twitter.com/widgets.js';fjs.parentNode.insertBefore(js,fjs);}}(document, 'script', 'twitter-wjs');