Friday 31 January 2020
मिथिला नगरिया में अइलन दूनू भइया,
मिथिला नगरिया में अइलन दूनू भइया,
खबरिया सगरो भइलें हो राम। खबरिया.....
हाथ में धेनुहिया सोभे माथे पर झुलुफिया,
लिलरिया उनकर चमके हो राम। लिलरिया.....
चारों ओर फिरि गइलें राम के दोहइया,
नगरिया अजबे लागे हो राम। नगरिया.....
सीया सरमाई गइली पूछे सभ सखिया,
दूलहवा कइसन लागे हो राम। दूलहवा.....
मोहे महेन्दर सिया मधुरी बचनियाँ,
सनेहिया हमरो लागे हो राम। सनेहिया.....
Subscribe to:
Post Comments
(
Atom
)
No comments :
Post a Comment