Friday, 31 January 2020
अइसन करेजऊ के कइसे के बिसारी हो दरदिया दे के ना।
अइसन करेजऊ के कइसे के बिसारी हो दरदिया दे के ना।
सयाम मथुरा परइलें हो दरदिया दे के ना।
रहि-रहि उठे टीस मनवाँ में होखे खीस
अइसन सुरतिया लेके कहाँ चलिगइले हो दरदिया दे के ना/स्याम।
कवन हमसे भइलें चूक स्याम हमसे गइले रूस
हमनी के नइया स्याम बिचहीं डुबवलें हो दरदिया दे के ना/स्याम
स्याम देई गइलें हूक दिल भइलें लाख टूक-
कहत महेन्द्र स्या मजीयते जरवले हो दरदिया देके ना।
स्याम मथुरा परइले हो दरदिया दे के ना।
Subscribe to:
Post Comments
(
Atom
)
No comments :
Post a Comment