Friday, 31 January 2020
आधी-आधी रतिया के पिहिके पपीहरा से बैरनियाँ भइली ना।
आधी-आधी रतिया के पिहिके पपीहरा से बैरनियाँ भइली ना।
मोरा अंखि के ने निनिया से बैरनियाँ भइली ना।
पिया कलकतिया घरे भेजे नाहीं पंतिया से सवतिया भइली ना।
कुहु-कुहु कुहुके कोइलिया से सवतिया भइली ना।
बभना बेदरदी मोरा जनमे के बइरी से लगनियाँ जोड़ले ना।
निरमोहिया बेदरदी से सनेहिया जोड़ले ना।
द्विज महेन्द्र इहो गावेलें पुरूबिया से सवतिया कइलें ना।
बिरहिनिया के छतिया में अगिया धइलें ना।
Subscribe to:
Post Comments
(
Atom
)
No comments :
Post a Comment