Friday, 31 January 2020
कृष्ण कन्हइया मोरा संग के खेलवना
कृष्ण कन्हइया मोरा संग के खेलवना
कि हमनी के तेजि के कहाँ गइलें हो लाल।
जो हम जनितीं श्याम होइहें निरमोहिया
त काहे के सनेहिया लगइतीं हो लाल।
जो हम जनितीं स्याम कूबड़े पर राजी
त कूबड़े बनइतीं दुई चारी हो लाल।
जब जब सुध आवे सँवली सुरतिया
त हनी हनी लागेला कटरिया हो लाल।
कूबड़ी जोगिनीयाँ राम भइली सवतिया
से हमरा करेजऊ के फँसवली हो लाल।
कहत महेन्दर स्याम कइलें अनरीतिया
कि नेहिया लगा के दगा दीहलें हो लाल।
Subscribe to:
Post Comments
(
Atom
)
No comments :
Post a Comment