Friday, 31 January 2020
पिया मोरा गइलें रामा पूरबी बनिजिया से दे के गइलें ना।
पिया मोरा गइलें रामा पूरबी बनिजिया से दे के गइलें ना।
एगो सुगना खेलवना रामा से दे के गइलें ना।
उड़ल-उड़ल सुगना गइलें कलकतवा कि जाई के बइठे ना।
ओही सामी जी के पगिया रामा से जाई के बइठे ना।
पगड़ी उतारी सामी जांघे बइठवलें से कहऽ सुगना ना।
मोरा धनी के कुसलिया से कहऽ सुगना ना।
माई कइली कूटनी बहिनिया कइली पीसनी कि जइया कइली ना।
तोहरो दउरी-दोकनिया से जइया कइली ना।
कहत महेन्दर पिया भइलऽ कलकतिया से भूलिए गइलेऽ ना।
आपना जइया के सुरतिया रामा भूलिए गइले ना।
Subscribe to:
Post Comments
(
Atom
)
No comments :
Post a Comment