Friday, 31 January 2020
सूतल सेजरिया सखी देखेली सपनवाँ
सूतल सेजरिया सखी देखेली सपनवाँ
निरमोही कान्हा बंसिया बजावेला हो लाल।
सब सखी मिली जुली गावेली कजरिया
से राधारानी झुलुआ झुलावेली हो लाल।
जमुना किनारवा जमुनवाँ के गछिया
चितचोर कान्हा मतिया भोरावेलें हो लाल।
कहत महेन्द्र श्याम भइले निरमोहिया
से नेहिया लगाइ इगा कइले हो लाल।
Subscribe to:
Post Comments
(
Atom
)
No comments :
Post a Comment