Friday, 31 January 2020
गोखुला नगरिया में बाजेला बधइया
गोखुला नगरिया में बाजेला बधइया
से जनमेलें कुँवर कन्हाई हो लाल।
तबला मृदंग बाजे नाचेला नटइया
से नीको मोर लागे सहनइया हो लाल।
यसोदा लुटावे रामा अनधन सोनवाँ
से नंद जी लुटावे धेनु गइया हो लाल।
सोना के थरियवा में आरती उतरतीं
से गावेले मंगल के गवइया हो लाल।
कहत महेन्दर चलु सखिया सलेहरी कि
मारि आईं आजुए से नजरिया हो लाल।
Subscribe to:
Post Comments
(
Atom
)
No comments :
Post a Comment