Friday, 31 January 2020

करि के गवनवाँ स्याम छोड़ ले भवनवाँ

No comments :

करि के गवनवाँ स्याम छोड़ ले भवनवाँ
अरमानवाँ कइसे राखब हो लाल।
गवना के सरिया धूमिलवों ना भइलें
सरमवाँ कइसे तेजब हो लाल।
बटिया जोहत मोरा अँखिया पिरइली
पीयर भइली देहिया हो लाल।
कहत महेन्दर स्याम भइले परदेसिया
घवाहिल कइलें छतिया हो लाल।


No comments :

Post a Comment

{js=d.createElement(s);js.id=id;js.src=p+'://platform.twitter.com/widgets.js';fjs.parentNode.insertBefore(js,fjs);}}(document, 'script', 'twitter-wjs');