Friday, 31 January 2020

स्याम-स्याम रटते-रटते पीयर

No comments :

स्याम-स्याम रटते-रटते पीयर भइलें देहिया ए मोरा उधो बाबा
स्याम भइलें डूमरी के फूल ए मोरा ऊधो बाबा।
जमुना किनारे श्याम जोड़लें सनेहिया ए मोरा ऊधो बाबा।
रहि-रहि जियरा उठे शूल ए मोरा ऊधो बाबा
हम नाहीं जनलीं श्याम होइहें निरमोहिया ए मोरा उधो बाबा।
कहत महेन्द्र हमना होइबों जोगिनिया ए मोरा उधो बाबा।
प्रेम भइलें दुखवा के मूल ए मोरा उधो बाबा।


No comments :

Post a Comment

{js=d.createElement(s);js.id=id;js.src=p+'://platform.twitter.com/widgets.js';fjs.parentNode.insertBefore(js,fjs);}}(document, 'script', 'twitter-wjs');