Friday, 31 January 2020

आहो कान्हा ई का कइलऽ

No comments :

आहो कान्हा ई का कइलऽ, आ हो कान्हा ई का कइलऽ।
भूलि गइलऽ बचपन की बात कान्हा, ई का कइलऽ।
बनवाँ कीला में काँट मोरा निकललऽ कान्हा ई का कइलऽ।
तोरा बिनु नइखे रहल जात कान्हा ई का कइलऽ।
फाड़ के पीताम्बर कान्हा लोर मोरा पोछलऽ कान्हा ई का कइलऽ।
प्रीत कइलऽ किरिया धराय कान्हा ई का कइलऽ।
साँवरी सुरतिया तोहरो आँखि से ना उतरे कान्हा ई का कइलऽ।
रहि-रहि जिउआ घबड़ाय कान्हा ई का कइलऽ।
कहत महेन्दर कान्हा सुधियो ना लिहलऽ कान्हा ई का कहलऽ।
तोहरा बिना जियलो ना जाय कान्हा ई का कइलऽ।


No comments :

Post a Comment

{js=d.createElement(s);js.id=id;js.src=p+'://platform.twitter.com/widgets.js';fjs.parentNode.insertBefore(js,fjs);}}(document, 'script', 'twitter-wjs');